पिता दिवस पर भोजपुरी में कविता

Trending

6/recent/ticker-posts

Ads by Google

पिता दिवस पर भोजपुरी में कविता

Happy Father's Day 2022

Father's Day Bhojpuri Poem

आत्म-विश्वास, हौसला
और जे हर कदम पर बढ़ईले हिम्मत


उनकरा पसीना के
हर एक बूंद के अनमोल बा कीमत 


उनकरा खुला मन से बड़ा आसमान नईखे
हमरा बाबूजी के जईसन केहू महान नईखे।
हमरा पिताजी के जईसन केहू धनवान नईखे।।


बुरा दौर में हर केहू छोड़ देला साथ
पर बाबूजी के हाथ, कबो छोड़े ना हाथ


ज़रूरत पड़ते ही सभे सवाली भईल
पर बाबूजी के जेब नाही खाली भईल


रहेलें ज़िंदगी के मजधार में नाव बन के
खड़ा हो जालें धूप में ऊ छाँव बन के


हमरा सपना के बाबूजी उड़ान दिहलें
एह जग में ऊ हमार  पहचान दिहलें


कुर्ता ढेर जगह से फाटल होखे
धोती जगह-जगह पे साटल होखे


हर हाल में रह के ऊ जी लीहें
पर हमरा चेहरा पर ऊ मुस्कान दीहें


हरदम निभावेलें ऊ हंस के आपन फर्ज
केहू चुका ना सकी कबो बाबूजी के कर्ज


हमार सारा उम्र बाबू जी के अर्पित बा
एक दिन का, हर दिन बाबूजी खातिर समर्पित बा


जब ले बा उनकर आहट कवनो घर सुनसान नईखे
हमरा बाबूजी के जईसन केहू महान नईखे।
हमरा पिताजी के जईसन केहू धनवान नईखे।।

Post a Comment

0 Comments