Page Nav

HIDE

Gradient Skin

Gradient_Skin

Ads

यह भी पढ़िए

latest

KamalBas Kunvar VS Arbind Abhiyanta: दु ताल होते ही लोग चल देत बा घरे

  KamalBas Kunvar VS Arbind Abhiyanta: गौनई होखे वाला बा। दूर - दूर के गाँव में हल्ला बा- कमलाबास कुँवर और अरबिंद अभियंता आ रहल बाड़े। बाकी ल...

 KamalBas Kunvar VS Arbind Abhiyanta: गौनई होखे वाला बा। दूर - दूर के गाँव में हल्ला बा- कमलाबास कुँवर और अरबिंद अभियंता आ रहल बाड़े। बाकी लोग एतना कलाकार के इज़्ज़त देले की कहेले- "कमलबासावा आ अभियंतावा आवत बाड़े सन"।

KamalBas Kunvar VS Arbind Abhiyanta: दु ताल होते ही लोग चल देत बा घरे


mic पर अनाउंस दिने से होखे लागल- आप सब के बीच होने जा रहा है, भोजपुरी के नारदी विधा के व्यास 

सबके मन में बेचैनी बा। लोग सांझ के प्रवचन नईखे सुनत। साधु सब जिलेबी ले जात आदमी के मुंह देखत बा लोग की आई के सुनी लोग। बाकी जिलेबी ले जात आदमी दनदना के घरे भागत बा लोग की साधुजी के जिलेबी मत देबे के पड़ जाए।

KamalBas Kunvar VS Arbind Abhiyanta: दु ताल होते ही लोग चल देत बा घरे


खैर, शनिचर के दिन बा। लोग जिलेबी, चाउमिन दबईला के बाद भी एक - एक को लिट्टी दबा के चल देले बा Dugola Arbind Singh Abhiyanta VS kamalbas Kunvar के देखे।

KamalBas Kunvar VS Arbind Abhiyanta: दु ताल होते ही लोग चल देत बा घरे


भुआलछपरा श्री परशुराम सेवा समिति के मंच सज गईल बा। मर्दाना और गौनई के दीवाना लोग एने ओने मंडरातारे। केहू Kamalbas Kunvar के लहरा सुने आईल बा त केहू अभियंता के जोकहरा।  

ARBIND ABHIYANTA DUGOLA 2023

अरबिंद अभियंताजी के सुमिरन शुरू हो चुकल बा। शुरू होते ही तंग, अंग और व्यंगय के बौछार हो चुकल बा। 

हालांकि ई सब जनता के देखावे खातिर हो रहल बा। ई त रोज के ई लोग के काम बा। सबके सामने दुगोला आ सबसे छिपा के दोस्ती।

हाँ, ई बात त बा। कमलबास कुँवर आ लंगड़ ब्यास के Bhojpuri Dugola के कवनो जोड़ नईखे। काहे की ई जोड़ी कई साल से भोजपुरिया समाज में गर्दा उड़ा रहल बा। Arbind Abhiyanta Dugola गौनई से गर्दा उड़ा देले।

KamalBas Kunvar VS Arbind Abhiyanta: दु ताल होते ही लोग चल देत बा घरे


त मंच पर शुरू भईल अरबिंद सिंह अभियंता के सुमिरन। 40 मिनट तक ई जनता के खूब झूमईले।

KAMALBAS KUNVAR DUGOLA 2023

अब बारी आईल Kamalbas Kunvar जी के। सुमिरन जइसे ही शुरू कईले, जनता भी गदगद हो गईल। और लोग के मन तब और भी गुदगुदाए लागल, जब KamalBas Kunvar  के Dancer Pinki आ गईली आ Arbind Abhiyanta Byas के Dancer Juli आ गईली।

KamalBas Kunvar VS Arbind Abhiyanta: दु ताल होते ही लोग चल देत बा घरे


अब भइया और गर्दा उड़े लागल। Arbind Singh Abhiyanta Chutkula और Kamalbas Kunvar Abhiyanta Chutukula भी चले लागल। गीत रस के साथ चुटकुला रस भी चुवे लागल।

Gayatri Thakur के बतकही 

Kamalbas Kunvar VS Arbind Abhiyanta Superhit Dugola चलते रहे की Bhojpuri Samrat Gayatri Thakur के चर्चा शुरू हो गईल।

Gayatri Thakur सिर्फ नाम ही नइखन, बल्कि भोजपुरी माटी के एगो अईसन अमिट पहचान बाड़े जिनकरा पर आज पूरा दुनिया नाज़ करेला।

Gayatri Thakur Song- Shri Bhagwan Rauva Jagat ke data bani.

Poora Na karihe doodh jarurat pani ke, pani se na bujhi aag jawani ke.

आज भी जब ई सब गाना कान में सुनाई पड़ेला त लागेला की असली भोजपुरी माटी के रस टपटप चुवे लागल।

गायत्री ठाकुर और आज के गायक लोगिन में जमीन आसमान के फरक बा।

पहिले जब गायत्री ठाकुरजी गावे लागत रहले त लोग रात भर बईठल रह जात रहे। लेकिन अब देख लीं, चाहे कवनो ब्यास के दुगोला मुकाबला काहे ना होखे, एक - एक ताल के बाद लोग आपन घर के ओर जाए लागत बा।

जेतना बेचैनी लोग के Bhojpuri Dugola Program देखे के रहत बा, ओह से ज़्यादा बेचैनी त एक - एक ताल देख के जाए के बाद रहेला।

चाहे कुछ भी होखे Kamalbas Kunvar आ Langad byas Arbind abhiyanta के कवनो जोड़ नईखे। साथ ही Bhojpuri Dugola भी बड़ा बेजोड़ बा।

लेकिन चाहीं ई की program होता त पूरा रात बईठ के मज़ा उठावे के चाहीं। एह से कलाकार के मनोबल बढ़ेला और program करे वाला के पूरा पईसा भी वसूल होखेला।

राऊर ई सब पर का प्रतिक्रिया बा? हमनी के कमेंट कर के बताईं और पढ़त रहीं Silsila Zindagi Ka.







No comments

Advertisment